Uttar Pradesh

UP Election 2022 JDU MLA resigns to become Mulayam Singhs MLA Ashok kumar Sharma Bhojpuri



करीब 34 किलोमीटर के ही दूरी बा. चाह के चुस्की लेके जंगबहादुर कहले, अभी यूपी में जदयू के 20 कंडिडेट फाइनल भइल बाड़े. बैरिया बिधानसभा सीट से पहिले रमेश चंद्र उपाध्याय के जदयू कंडिडेट बनावल गइल रहे. लेकिन बाद में उनकर नाम हटा दिहल गइल. अब देखे के बा कि ईहां से केकरा टिकट मिल रहल बा. उमाशंकर कहले, बैरिया के भाजपा बिधायक सुरेनदर सिंह के टिकट कटला के बाद स्थिति बदल गइल बा. अब सुरेनदर सिंह निर्दलीय चुनाव लड़े के बात कर रहल बाड़े. चरचा तs इहो बा कि ऊ जदयू के टिकट पs चुनाव लड़ सकेले.
2002 में गुन्नौर से जदयू के जीत
बालगोबिंद बहुत पुरान नेता रहन. ऊ यूपी में जदयू के चुनावी इतिहास बतावे लगले. यूपी के करीब 20 साल के चुनावी सफर में जदयू के अभी तक कुल्लम तीन जीत ही मिलल बा. 2002 में जदयू के अजीत उर्फ राजू यादव गुन्नौर से अउर रुदल परसाद हसनबजार सुरक्षित सीट से जीतल रहन. 2007 में रारी विधानसभा सीट से जदयू के धनंजय सिंह जीतल रहन. गुन्नौर विधानसभा क्षेत्र संभल जिला में बा. यूपी के चुनाव में गुन्नौर टर्निंग प्वाइंट रहल बा. 2002 में अजित कुमार उर्फ राजू यादव ईहां से जदयू के बिधायक रहन. 2002 के बिधानसभा चुनाव में कवनो दल के बहुमत ना मिल रहे. सपा के 143, बसपा के 98, भाजपा के 88 , कांग्रेस के 25 अउर रालोद के 14 सीट मिलल रहे. एकरा चलते यूपी में राष्ट्रपति शासन लगावे के पड़ल. मई 2002 में भाजपा अउर रालोद के समर्थन से मायावती सरकार बनवली. लेकिन कउछुए दिन के बाद भाजपा अउर मायावती में खटपट शुरू हो गइल. 26 अगस्त 2003 में भाजपा, मायावती सरकार से समरथन वापस ले लेलस.
जदयू बिधायक देले इस्तीफा तब MLA बनले मोलायम सिंह
बालगोबिंद के बात जारी रहे. 29 अगस्त 2003 के मोलायम सिंह यादव तीसरा बेर मुखमंतरी बनले. लेकिन ओह घरी ऊ मैनपुरी से सांसद रहन. सीएम पद बरकरार राखे खातिर उनका विधायक भा एमएलसी बनल जरूरी रहे. गुन्नौर यादव बहुल सीट रहे. मोलायम सिंह के नजर ऐह सीट पर रहे. जब जदयू बिधायक राज यादव के ई बात मालूम भइल तs ऊ मोलायम सिंह खातिर गुन्नौर सीट से इस्तीफा दे देले. जनवरी 2004 में उपचुनाव भइल. मोलायम सिंह भारी बहुमत से जीतले. एह तरे जदयू बिधायक के खाली कइल सीट पs मोलायम सिंह जीत हासिल कर के सीएम के कुर्सी कायम रखले रहन. 2004 में मोलायम सिंह राजू यादव के एमएलसी बना के बेसिक शिक्षा मंतरी बनवले रहन. राजू यादव के बाबूजी युगल किशोर यादव अउर माई पुष्पा देवी भी गुन्नौर से बिधायक चुनाइल रहे लोग. लेकिन राजनीत भी मौसम जइसन रंग बदलत रहेला. आज इहे राजू यादव गुन्नौर से भाजपा के विधायक बाड़े. 2022 नें भी भाजपा उनकर टिकट बरकरार रखले बिया. वइसे राजू यादव कई दल में रह चुकल बाड़े. 2012 में ऊ कांगरेस के टिकट पs इहां से चुनाल लड़ल रहन. लेकिन हार गइल रहन. उनकार माई पुष्पा देवी भी कांगरेस से ही विधायक बनल रही. 2007 में गुन्नौर से मोलायम सिंह यादव बिधायक बनल रहन.
2007 में रारी सीट पs जीतल रहन जदयू के धनंजय सिंह
बोलगोबिंद जौनपुर जिला के रारी बिधानसभा सीट के कहानी बतावे लगले. 2007 में जदयू के धनंजय सिंह रारी सीट पs जीत हासिल कइले रहन. उनका के बाहुबली नेता मानल जात रहे. 2002 में ऊ निरदलीय बिधायक बनल रहन. 2007 के चुनाव के बाद मायावती के सरकार बनल रहे. सरकार बनला के सालभर बादे धनंजय सिंह जदयू छोड़ के बसपा में शामिल हो गइल रहन. 2009 के लोकसभा चुनाव में मायावती धनंजय सिंह के जौनपुर से खड़ा कइले रही. ओह घरी धनंजय सिंह के तूती बोलत रहे. ऊ सांसद चुना गइले. लेकिन कुछुए दिन के बाद उनकर मायावती से बिबाद शुरू हो गइल. 2011 में धननंजय सिंह के बसपा से निकाल दिहल गइल रहे. 2008 में परिसीमन के बाद रारी विधानसभा सीट के नांव मल्हानी विधानसभा क्षेत्र हो गइल. 2012 के चुनाव में मल्हानी सीट पs सपा के पारसनाथ यादव के मोकाबला निरदलीय धनंजय सिंह से भइल. ओह घरी धनंजय सिंह के राजनीत ढलान पs रहे. ऊ चुनाव हार गइले. 2017 के चुनाव में धनंजय सिंह निषाद पाटी के टिकट पs मल्हानी से चुनाव लड़ले. ई चुनाव में निषाद पाटी भाजपा के खिलाफ चुनाव लड़ल रहे. धनंजय सिंह लगातार दूसरे बेर चुनाव हार गइले. सपा के पारसनाथ यादव के जीत मिलल. लेकिन बिधायक पारसनाथ यादव के अचके निधन हो गइल. 2020 में ईहां उपचुनाव भइल. अबकी धनंजय सिंह निरदलीय मैदान में कूदले. लेकिन पारसनाथ यादव के बेटा लकी यादव से ऊ चुनाव हार गइले.
जदयू के लड़े से भाजपा के सहजोगी के नोकसान !
उमाशंकर कहले, जदयू के जवन 20 कंडिडेट घोषित भइल बाड़े ओकरा मोताबिक जौनपुर के मडियाहूं विधानसभा सीट से सुशील कुमार पटेल के टिकट दिहल गइल बा. मडियाहूं सीट पs भाजपा के सहोयगी दल अपना दल के कब्जा बा. अपना दल के लीना तिवारी इहां से बिधायक बाड़ी. अपना दल के भी कुर्मी जनाधार वला पाटी मानल जाला. बिहार में भाजपा अउर जदयू के सहयोग से सरकार चल रहल बा. लेकिन यूपी में जदयू भाजपा के खिलाफ चुनाव लड रहल बा. मड़ियाहूं सीट के कुरमी बहुल मानल जाला. क्षेत्र में चरचा चल रहल बा कि जदयू के ईहां चुनाल लड़े से कुर्मी भोट में बंटवारा हो सकेला. सपा के सुषमा पटेल भी इहां से चुनाव लड़ रहल बाड़ी. तीन प्रमुख पाटी के कुरमी उम्मीदवार के लड़े से सामाजिक समीकरण में बदलाव हो गइल बा. एकर नोकसान अपना दल के उठावे पड़ सकेला. चाह-पानी अउर बतकही खतम भइला के बाद जंगबहादुर, उमाशंकर, बालगोबिंद के गाड़ी बैरिया से आगा बढ़ गइल.
(अशोक कुमार शर्मा वरिष्ठ पत्रकार हैं, आलेख में लिखे विचार उनके निजी हैं.)

आपके शहर से (लखनऊ)

उत्तर प्रदेश

Bhojpuri: मोलायम सिंह के MLA बने खातिर जदयू विधायक देले रहले इस्तीफा

UP Chunav: बंगाल की सीएम ममता बनर्जी ने क्‍यों कहा योगी जी को नोबेल पुरस्‍कार देना चाहिए? जानें हर सवाल का जवाब

Lok Kalyan Sankalp Patra: BJP का घोषणापत्र जारी, छात्राओं को मुफ्त स्‍कूटी, परिवार के एक सदस्‍य को रोजगार देने का वादा

Asaduddin Owaisi Attack: असदुद्दीन ओवैसी पर हमले का नया वीडियो आया सामने, ताबड़तोड़ फायरिंग कर रहा था आरोपी

Big News: जेल में बंद सपा सांसद आजम खान को सुप्रीम कोर्ट से झटका, जमानत के लिए हाई कोर्ट जाने का निर्देश

UP Elections 2022 : पहले चरण के चुनाव प्रचार में कौन से मुद्दे रहे हावी, किसने साधा जातीय समीकरण? जानें सबकुछ

UP Elections 2022 : सपा ने जारी की 10 उम्मीदवारों की नई लिस्ट, जानें किसे कहां से मिला टिकट

UP Chunav 2022: BJP के चुनावी घोषणा पत्र की 10 बड़ी बातें, जानें किसे क्या-क्या मिलेगा मुफ्त

BJP का थीम सॉन्ग ‘यूपी में करके दिखया’ लॉन्च, CM योगी आदित्यनाथ बोले- आगे भी करके दिखाएंगे

यूपी चुनाव 2022: AIMIM ने जारी की उम्मीदवारों की नई लिस्ट, सिराथु से उतारा शेर, कादीपुर से पुष्पांजलि को टिकट

AMUCC की कमेटी BJP से लेकर सपा तक हर पार्टी को सौंप रही मांग पत्र, जानिए क्या है खास

उत्तर प्रदेश

ब्रेकिंग न्यूज़ हिंदी में सबसे पहले पढ़ें News18 हिंदी | आज की ताजा खबर, लाइव न्यूज अपडेट, पढ़ें सबसे विश्वसनीय हिंदी न्यूज़ वेबसाइट News18 हिंदी |Tags: Bhojpuri, Bhojpuri News, Mulayam Singh Yadav, UP Chunav 2022



Source link

You Missed

Opposition highlights unemployment under NDA rule, questions truth behind empowerment claim
Top StoriesNov 5, 2025

विपक्ष ने एनडीए शासनकाल में बेरोजगारी को उजागर किया, सशक्तिकरण के दावे की सच्चाई पर सवाल उठाए

NH और अन्य सड़कों के नेटवर्क को व्यापक रूप से उपलब्ध कराने और राज्य के दूरस्थ क्षेत्रों में…

Rana Daggubati’s Spirit Media makes Hindi debut with Manoj Bajpayee starrer; unveils five-film slate
EntertainmentNov 5, 2025

रणवीर सिंह की प्रोडक्शन कंपनी ज़ी स्टूडियो के साथ सहयोग करेगी राणा दग्गुबाती की स्पिरिट मीडिया; मनोज बाजपेयी अभिनीत फिल्म के साथ हिंदी में डेब्यू करेगी

कान्हा जैसी फिल्मों के साथ-साथ हमारे द्वारा समर्थन दिए जा रहे अन्य फिल्मों के निर्माण में भी हमें…

Punjab MP Amarinder Warring booked over casteist remarks against late leader Buta Singh
Top StoriesNov 5, 2025

पंजाब सांसद अमरिंदर वारिंग के खिलाफ बीते नेता बुटा सिंह के खिलाफ जातिवादी टिप्पणियों के मामले में केस दर्ज

चंडीगढ़: पंजाब कांग्रेस के अध्यक्ष और लुधियाना से सांसद अमरिंदर सिंह राजा विरिंग के खिलाफ ‘जातिवादी टिप्पणियों’ के…

Scroll to Top