Uttar Pradesh

Bhojpuri: राजनीति छूटल त सांस भी टूटि गइल, पुण्यतिथि पर पढ़ीं हेमवती नंदन बहुगुणा क कहानी



हेमवती नंदन 1971 के चुनाव में पहिली दइयां सांसद बनल रहलन. एकरे पहिले उ उत्तर प्रदेश विधानसभा में रहलन, मंत्री भी रहि चुकल रहलन. संसदी के चुनाव में कांग्रेस के जीतावय में बड़ी मेहनत कइले रहलन. ओन्हय उम्मीद रहल कि इंदिरा गांधी कैबिनेट में कवनो बढ़ियां मंत्री बनइहयं. लेकिन इंदिरा अइसन गुड़ नाहीं रहलिन जवने के बहुगुणा जइसन चिउटा असानी से खाइ लेयं. इंदिरा बहुगुणा के संचार विभाग में राज्यमंत्री बनाइ देहलिन. बहुगुणा मुंह फुलाइ लेहलन. पंद्रह दिन तक कोप भवन में रहलन, चार्जय नाहीं लेहलन. अंत में इंदिरा स्वतंत्र प्रभार देहलिन, तब जाइ के मुंह सोझ भयल. मतलब बहुगुणा जेतना चतुर रहलन, ओतनय ओनके भीतर धीरज क कमी रहल. एकरे नाते कई दइयां ओनकर बड़ा नुकसान भयल.
उत्तर प्रदेश में पीएसी विद्रोह के बाद मुख्यमंत्री कमलापति त्रिपाठी के इस्तीफा देवय के पड़ल. मुख्यमंत्री बदे नए आदमी क तलाश रहल. बहुगुणा अपने काम के बल पर तबतक इंदिरा क विश्वासपात्र बनि गयल रहलन. इंदिरा बहुगुणा के मुख्यमंत्री बनाइ के लखनऊ भेजि देहलिन. आठ नवंबर, 1973 के बहुगुणा शपथ लेहलन. इंदिरा के उम्मीद रहल कि बहुगुणा ओनके मर्जी से काम करिहय. लेकिन बहुगुणा दूसरे मट्टी क रहलन. ओन्हय खुलल मैदान चाहत रहल, मौका मिलल रहल त पूरा फायदा उठावल चाहत रहलन. इंदिरा क भृगुटी चढ़ि गइल, 29 नवंबर, 1975 के बहुगुणा से इस्तीफा लेइ लेहलिन. बहुगुणा क धीरज फिर टूटल अउर पार्टी छोड़ि देहलन. जगजीवन राम के साथे मिलि के नई पार्टी कांग्रेस फॉर डेमोक्रेसी बनलन. 1977 क चुनाव एही पार्टी से लड़लन, अउर जीतलन भी. लेकिन 1980 के मध्यावधि चुनाव से पहिले उ फिर कांग्रेस में शामिल होइ गइलन. कांग्रेस बदे चुनाव में जमि के मेहनत कइलन अउर अपुना गढ़वाल से जीति के संसद पहुंचलन. कांग्रेस क सरकार बनल, लेकिन इंदिरा फिर बहुगुणा के किनारे कइ देहलिन. बहुगुणा पर शायद ओन्हय भरोसा नाहीं रहि गयल रहल. बहुगुणा क धीरज जवाब देइ देहलस अउर छह महीना के भीतर ही उ कांग्रेस क डंडा डांकि गइलन. लोकसभा क सदस्यता भी छोड़ि देहलन. सन् 1982 में ओही सीट से उपचुनाव जीति के फिर संसद पहुंचलन.
एही दौरान 31 अक्टूबर, 1984 के इंदिरा गांधी क हत्या होइ गइल. राजीव गांधी परधानमंत्री बनलन. ओही साल बाद में आम चुनाव भी भयल. बहुगुणा क हरकत राजीव के याद रहल. नराज रहले के बाद भी जवन काम बहुगुणा के साथे इंदिरा नाहीं कइ पइलिन, उ राजीव करय क ठानि लेहलन. बहुगुणा लोकदल से इलाहाबाद से खड़ा भइलन. राजीव ओनकरे सामने फिल्म अभिनेता अमिताभ बच्चन के मैदान में उतारि देहलन. बहुगुणा क राजनीतिक कद बहुत ऊंचा रहल, लेकिन ओह जमाने में फिलिम वालन क भी राजनीति में बहुत क्रेज रहल. फिलमी सितारन के देखि के जनता दीवानी होइ जाय. बहुगुणा चुनाव में चांपि के मेहनत कइलन. फिर भी अमिताभ ओन्हय एक लाख सत्तासी हजार वोट से हराइ देहलन. इ हार बहुगुणा बदे बहुत बड़ा सदमा रहल. एक तरह से ओनकर राजनीतिक हत्या होइ गइल रहल. एकरे बाद उ राजनीति छोड़ि देहलन. तीन साल बाद अमिताभ भी लोकसभा क सदस्यता इ कहि के छोड़ि देहलन कि राजनीति ओनकरे बस क बात नाहीं हौ. एही दौरान बहुगुणा बीमार पड़लन. एक दइया बाईपास सर्जरी होइ चुकल रहल. डॉक्टर लोग कहलन कि राजनीति छोड़ि देयं त दुबारा सर्जरी क जरूरत नाहीं हौ. लेकिन बहुगुणा के त खून में राजनीति रहल. उ डॉक्टरन से कहलन -’’बहुगुणा समोसा खाने और मजा लेने के लिए पैदा नहीं हुआ है. ऑपरेशन तो कराऊंगा.’’ आपरेशन भयल, लेकिन सफल नाहीं भयल. राजनीति क चाणक्य 17 मार्च, 1989 के राजनीति के बाद जिनिगी भी छोड़ि के हमेशा बदे चलि गयल. हेमवती नंदन बहुगुणा क जनम जलियांवाला बाग नरसंहार के 12 दिना बाद 25 अप्रैल, 1919 के पौड़ी गढ़वाल के बुधाणी गांव में भयल रहल.
(सरोज कुमार वरिष्ठ पत्रकार हैं, आलेख में लिखे विचार उनके निजी हैं.)

आपके शहर से (लखनऊ)

उत्तर प्रदेश

UP MLC Election: अखिलेश यादव ने 5 और कैंडिडेट का किया ऐलान, जानें कौन-कहां से लड़ेगा चुनाव

The Kashmir Files पर आ गया स्वामी प्रसाद मौर्य का बयान, फिल्म को अधूरी बता कह दी यह बड़ी बात

टेंशन खत्म! होली से पहले योगी सरकार ने दे दी है बड़ी राहत, क्या आपने पढ़ा यह आदेश?

जमकर खेलें होली: UP में सभी कोरोना संबंधी पाबंदियां खत्‍म, खुलेंगे स्विमिंग पूल, शादी समारोह को लेकर भी खास निर्देश

UP Board Admit Card 2022: जारी हुए यूपी बोर्ड परीक्षा के एडमिट कार्ड, छात्रों को अभी करना होगा इंतजार

कांग्रेस नेता का दावा- कहीं-कहीं पार्टी के कुछ उम्मीदवारों ने BJP प्रत्याशियों की मदद की

UP Election Result 2022: BJP को 2017 में ज‍िन सीटों पर म‍िली जीत, जानें उनमें से इस बार कितनी फिसलीं

योगी का शपथ ग्रहण समारोह: 45 हजार लोगों को न्‍योता देने की तैयारी; राहुल, सोनिया, अखिलेश को भी दिया जाएगा निमंत्रण

बड़ी खुशखबरी: 26 हजार पुलिस और 17000 सहायक अध्‍यापक की होगी भर्ती, दिसंबर तक ज्‍वाइन कराने का लक्ष्‍य

होली के चलते लखनऊ की 22 मस्जिदों में बदला जुमे की नमाज पढ़ने का समय, जानें नई टाइमिंग

UP Election Result 2022: क्‍या शिफ्ट हो रहा है कुर्मी जाति का वोट? पढ़ें चुनाव परिणाम के चौंकाने वाले संकेत

उत्तर प्रदेश

यूपी विधानसभा चुनाव 2022, ब्रेकिंग हिंदी न्यूज़, लाइव न्यूज अपडेट सबसे पहले News18 India पर। आज की ताजा खबरें, विश्लेषण, पांच राज्यों में विधानसभा चुनाव की खबरें पढ़ें सबसे विश्वसनीय हिंदी न्यूज़ वेबसाइट News18 हिंदी पर |Tags: Article in Bhojpuri, Bhojpuri, Bhojpuri News



Source link

You Missed

Gujarat ATS arrests three people, including doctor, allegedly conspiring to carry out terror attack
Top StoriesNov 9, 2025

गुजरात एटीएस ने तीन लोगों को गिरफ्तार किया, जिनमें डॉक्टर भी शामिल हैं, जिन पर आतंकवादी हमले की साजिश रचने का आरोप है।

गुजरात एंटी टेररिस्ट स्क्वाड (ATS) ने तीन लोगों को गिरफ्तार किया है, जिन्हें पुलिस ने एक मुख्य आतंकवादी…

Two Haryana gangsters detained in Georgia, US to be deported to India soon
Top StoriesNov 9, 2025

अमेरिका के जॉर्जिया में गिरफ्तार दो हरियाणा गैंगस्टर जल्द ही भारत वापस भेजे जाएंगे

चंडीगढ़: हरियाणा से दो गैंगस्टर्स, वेंकटेश गर्ग और भानू राणा को जॉर्जिया और संयुक्त राज्य अमेरिका में क्रमशः…

Scroll to Top